ग्लोबल भोजपुरी
27.12.9124.
** युक्रेन के 300 आ 200 ड्रोनन के हमला से मोस्कवा दहन!
अब रूस का आरेशनिक मिसाइल के वज्रपात से युक्रेन विध्वंस आजू रात!!
** अबहीए करीब आधा घंटा पहिले पाकिस्तान के "क्वेटा - पेशावर एक्सप्रेस ट्रेन" अगवा! हाईजैक!!
आज ले कार! हवाई जहाज के हाईजैक सुनले रहीं! अब त ट्रेने के हाईजैक!!
आतंकिस्तान से अइसनके खबर नू आई!!! एह ट्रेन में करीब 500 लोग रहन, जे एगो सुरंग से निकले के रहे कि आगे बम धमाका क के रेल उड़ा दियाईल.
ट्रेन कुछ 150 बलूची लोग बहरी निकललन. आ 8 आर्मी के लोगन के उड़ा देल गइल!! बचलन करीब 300 - 320 पंजाबी लोग बंधक, कादो एह लोगन के छोड़ला के बदले, पाकिस्तान में कैद बलूच लोगन के छोड़ल जाय!!!
** पीएम नरेंद्र मोदी 2 दिनन के यात्रा प मॉरीशस!
पोर्ट लुईस प पीएम नवीनचंद्र रामगुलाम, मुख्य न्यायाधीश, LOP, aol 34 मंत्री लोग पीएम मोदी के स्वागत कइलन!!
आज पीएम मोदी 20 प्रयोजना के उदघाटन कईलन ऑन लाइन.
पीएम मोदी बिहान मॉरीशस के वार्षिक दिवस समारोह के मुख्य अतिथि बनिहन.
** सऊदी अरबिया केk मक्का में अमेरिका के SS मार्क रूबियो, रक्षा मंत्रि माइक युक्रेन के अधिकारी लोगन से बात करीहन!
लगता एह बात में रूसो के प्रतिनिधि भाग ले तारन!!
ग्लोबल भोजपुरी 11.3.2025.
No comments:
Post a Comment