भोजपुरी ईस्कूल
सृ. 5.5.9126.
आजू भोजपुरी भाषा, सत्यनारायण आ सूर्यदेव के पुजारी लोग भारत के बिहार आ उत्तरप्रदेश से बहरी भारत के अन्य क्षेत्र में आ संसार में आपन सनातन संस्कृति में लीन बाड़े भगवान के कृपा से.
संसार के अनेक छोट बड़ देशन में "भोजपुरी भाषा" के कवनो ना कवनो रूप में मान्यता बा.
गुयाना, त्रिनिदाद आ टुबैगो, मॉरीशस, फिजी के सुदूर देशन के का बात करीं! बगल के नेपालो में भोजपुरी भाषा के मान्यता बा सरकार से!
धन्य कहीं कि झारखंड सरकार "भोजपुरी भाषा" के एगो अल्पसंख्यक भाषा के रूप में मान्यता देले बीया.
आजू संसार के अधिकांश भाषा के जननी संस्कृत के प्राचीनतम दैनिक "मित्रं संस्कृत दैनिकम्" (आदि संपादक आ प्रकाशक अमृत आचार्य पंडित अंबिकादत्त शर्मा ब्रह्मज्ञानी) आजू के प्रधान संपादक आ प्रकाशक डॉ देवदत्त शर्मा एह पोस्ट के जरिए निहोरा करता:
(1) भारत सरकार से,
आ खास क के
(2) बिहार सरकार से आ
(3) उत्तरप्रदेश सरकार से
"भोजपुरी भाषा" के भारत के संविधान के आठवीं सूचि में शामिल क के यथा शीघ्र मान्यता देबे खातिर!
भोजपुरी ईस्कूल सृ. 5.5.9126. [3.8.2026]
No comments:
Post a Comment